For faster navigation, this Iframe is preloading the Wikiwand page for सकल घरेलू उत्पाद.

सकल घरेलू उत्पाद

बिस्व के देस सभ के जीडीपी (नॉमिनल) के आधार पर नक्शा, आमेरिकी डालर में, स्रोत:"विश्व बैंक", 2014.[1]
जीडीपी (पीपीपी) के डेटा (टॉप के 10 गो देस आ क्षेत्र, 2014) बिन क्रम के देखावल

सकल घरेलू उत्पाद (अंग्रेजी:gross domestic product) या जीडीपी कौनों देस भा क्षेत्र में कौनो निश्चित समय अवधि में होखे वाला कुल उत्पादन के माप हवे। ई सगरी माल आ सेवा सभ के उत्पादन के बाजार मूल्य के मौद्रिक नाप हवे, यानी मुद्रा (रुपिया, डालर वगैरह में) ब्यक्त कइल जाला, आ आमतौर पर तिमाही (साल में चार बेर) या साल भर खाती मापल जाला।

नामिक (नॉमिनल) जीडीपी के अनुमान सामान्यतः पूरे देस या क्षेत्र के आर्थिक प्रदर्शन के निर्धारित करे खातिर इस्तेमाल होला, आ अंतर्राष्ट्रीय स्तर प आपस में तुलना करे खाती होला। हालाँकि, मुद्रास्फीति के दर अलग-अलग देसवन में अलग-अलग होख्ले के कारण, तुलना करे खातिर नॉमिनल जीडीपी के बहुत नीक तरीका ना मानला जाला। मुद्रास्फीति के परभाव के हटा के तुलना करे खाती जीवनयापन में होखे वाला खर्चा के दर के धियान में रख के परचेजिंग पावर पैरिटी (पीपीपी) के आधार पर होखे वाली गणना के इस्तेमाल कइल जाला।

परिभाषा

[संपादन करीं]

ओईसीडी (OECD) द्वारा सकल घरेलू उत्पाद के परिभाषा दिहल गइल बा कि ई "सगरी निवासी आ संस्थागत इकाई सभ द्वारा उत्पादन के प्रक्रिया में कुल जोड़ल गइल वैल्यू (वैल्यू एडेड; जेह में उत्पाद के सभ के मूल्य में कौनों अन्य टैक्स भी होखे तब ओकरा के जोड़ल गइल होखे, सब्सिडी घटा दिहल गइल होखे) के एक ठो समेकित माप हवे।”[2] अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष (आईएमऍफ़) के अनुसार "जीडीपी, अंतिम उत्पाद आ सेवा सभ के मौद्रिक मूल्य हवे - मने कि, अइसन जे अंतिम प्रयोगकर्ता द्वारा खरीदल जालीं - जिनहन के उत्पादन कौनों देस में एगो निश्चित समय अवधि (साल भा तिमाही में) होखे ला।"[3]

कुल जीडीपी के कई हिस्सा में तूर के भी बतावल जा सके ला, मने कि अर्थब्यवस्था के अलग-अलग इंडस्ट्री भा सेक्टर अनुसार, जइसे कि खेती के सेक्टर के जीडीपी केतना रहल।[4] जीडीपी आ कुल जनसँख्या के अनुपात के प्रति ब्यक्ति जीडीपी (या जीडीपी पर प्रति ब्यक्ति आय) कहल जाला आ ई कौनों इलाका में जिनगी के स्तर के सूचक के रूप में इस्तमाल होला। जीडीपी के बिस्व अर्थब्यवस्था के बढ़ती आ बिकास के सभसे प्रमुख सूचक के रूप में भी मानल जाला।[5].

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. "GDP (Official Exchange Rate)" [जीडीपी (ऑफिशियल ऍक्सचेंज रेट)] (PDF). विश्व बैंक. Retrieved 10 जून 2016.
  2. "OECD". Archived from the original on 27 June 2021. Retrieved 14 August 2014.
  3. Callen, Tim. "Gross Domestic Product: An Economy's All". IMF. Retrieved 3 June 2016.
  4. Dawson, Graham (2006). Economics and Economic Change. FT / Prentice Hall. p. 205. ISBN 9780273693512.
  5. Lepenies, Philipp (2016-04-26). The Power of a Single Number: A Political History of GDP (अंग्रेजी में). New York: Columbia University Press. ISBN 9780231175104.
{{bottomLinkPreText}} {{bottomLinkText}}
सकल घरेलू उत्पाद
Listen to this article

This browser is not supported by Wikiwand :(
Wikiwand requires a browser with modern capabilities in order to provide you with the best reading experience.
Please download and use one of the following browsers:

This article was just edited, click to reload
This article has been deleted on Wikipedia (Why?)

Back to homepage

Please click Add in the dialog above
Please click Allow in the top-left corner,
then click Install Now in the dialog
Please click Open in the download dialog,
then click Install
Please click the "Downloads" icon in the Safari toolbar, open the first download in the list,
then click Install
{{::$root.activation.text}}

Install Wikiwand

Install on Chrome Install on Firefox
Don't forget to rate us

Tell your friends about Wikiwand!

Gmail Facebook Twitter Link

Enjoying Wikiwand?

Tell your friends and spread the love:
Share on Gmail Share on Facebook Share on Twitter Share on Buffer

Our magic isn't perfect

You can help our automatic cover photo selection by reporting an unsuitable photo.

This photo is visually disturbing This photo is not a good choice

Thank you for helping!


Your input will affect cover photo selection, along with input from other users.

X

Get ready for Wikiwand 2.0 🎉! the new version arrives on September 1st! Don't want to wait?