For faster navigation, this Iframe is preloading the Wikiwand page for विकिपीडिया:कठपुतरी नीति.

विकिपीडिया:कठपुतरी नीति

विकिपीडिया पर, कठपुतरी चलावल चाहे सॉकपपेटरी (sockpuppetry) भा सॉकिंग (socking), कई गो विकिपीडिया खाता सभ के गलत इस्तेमाल के कहल जाला। जवाबदेही बनावे आ समुदाय के बिस्वास बढ़ावे खातिर आमतौर पर संपादक लोग से उमेद कइल जाला की ऊ लोग खाली एकही खाता के इस्तेमाल करे। जबकि कई गो खाता सभ के रखे के कुछ जायज कारण हो सके लें, कई गो खाता सभ के इस्तेमाल दुसरा संपादक लोग के धोखा देवे भा गुमराह करे, चर्चा के बिघटन करे, आम सहमति के बिकृत करे, रोक (ब्लॉक) से बचे, प्रतिबंध (बैन) से बचे, भा अउरी कौनों तरीका से समुदाय के मानक आ नीति सभ के उल्लंघन करे खातिर अनुचित बाटे।

सॉकपपेटरी के बिबिध रूप होला:

  • समस्याग्रस्त संपादन करे खातिर लॉग आउट कइल आ आईपी पता के रूप में संपादन कइल
  • पता ना चले खातिर भा नामंजूरी (सैंक्शन) से बचे खातिर नया खाता बनावल
  • दोसरा केहू के खाता के इस्तेमाल (पिग्गीबैकिंग)
  • पुरान अप्रयुक्त खाता (कबो-कबो स्लीपर भी कहल जाला) के फिर से जिंदा कइल आ अलग-अलग यूजर के रूप में पेश कइल
  • कवनो विवाद के एक पक्ष के समर्थन करे के उद्देश्य से दोस्त भा साथी लोग के खाता बनावे खातिर मनावल (आमतौर पर एकरा के मीटपपेटरी कहल जाला)

कई गो खाता सभ के दुरुपयोग समुदाय के बिस्वास के गंभीर उल्लंघन हवे आ भोजपुरी विकिपीडिया पर कठपुतरी खातिर एह नीति के कड़ाई से पालन होखे ला। अइसन कइले पर हो सकेला कि:

  • सगरो संबंधित खाता सभ के ब्लॉक क दिहल जाय
  • खाता सभ के पीछे प्रयोगकर्ता (सॉकमास्टर भा सॉकपपेटियर) पर प्रतिबंध (बैन) लगा दिहल जाय (जवना में से हर एक सॉकपपेट भा सॉक सामिल होला)
  • पूरा विकिपीडिया आ एकरे साथी प्रोजेक्ट सभ में इस्तेमाल होखे वाला सगरी खाता आ आईपी पता सभ के ऑन-प्रोजेक्ट उजागर क दिहल जाय
  • भविष्य में सॉकपपेटरी भा कुछ अउरी दुरुपयोग के रोके खातिर प्रासंगिक मानल जाए वाली कवनो "वास्तविक-दुनिया" के गतिविधि भा निजी जानकारी के (संभावित) सार्वजनिक रूप से उजागर कइ दिहल जाय।

वैध कारण से कई गो खाता सभ के इस्तेमाल करे वाला संपादक के, हर खाता के प्रयोगकर्ता पन्ना (यूजर पेज) पर, बाकी सगरी खाता सभ के लिस्ट बनावे के चाहीं आ इनहन के मकसद के बिबरन दिहल जाय (नीचे देखल जाय)। वैकल्पिक रूप से कुछ खाता सभ के प्रयोगकर्ता आ प्रयोगकर्ता वार्तालाप पन्ना सभ के दुसरा खाता सभ में रिडायरेक्ट कइल जा सके ला। जे संपादक लोग बिना लिंक कइल वैकल्पिक खाता के इस्तेमाल करे ला, या जे लोग अपना खाता से अलग आईपी पता संपादक के रूप में संपादन करे ला, लेख भा बिसय सभ पर कौनों क्रॉसओवर के सावधानी से बचे के चाहीं काहें से कि कुछ मामिला में कॉपी एडिटिंग, विकिफाइंग भा लिंकिंग नियर मासूम गतिविधि सभ के भी सॉकपपेटरी मानल जा सके ला आ अइसन दसा में खाली भर मासूम इरादा आमतौर प एह नीति के तहत कार्रवाई से बचे के बहाना के काम ना करी।

जबकि वैकल्पिक खाता के जायज इस्तेमाल हो रहल होखे, अज्ञात वैकल्पिक खाता सभ के कई तरह के माध्यम से सार्वजनिक रूप से जोड़ल जा सकेला।

वैकल्पिक खाता के अनुचित उपयोग

[संपादन करीं]

संपादक लोग के वैकल्पिक खाता के इस्तेमाल आम सहमति के गुमराह करे, धोखा देबे, विकिप्रक्रिया बाधित करे भा कमजोर करे खातिर ना करे के चाहीं। एह तरह के बेह्वार में नीचे दिहल चीज शामिल बाड़ें, बाकी अइसन बेहवार इनहने भर ले सीमित नइखे:

  • समर्थन (सपोर्ट) के भ्रम पैदा कइल
  • नीतियन के दरकिनार कइल: नीति आ दिसानिर्देस सभ प्रति खाता ना, प्रति व्यक्ति लागू होला
  • स्ट्रॉमैन कठपुतरी
  • रोक (ब्लॉक) भा प्रातिबंध (सैंक्शन) से बचे खातिर - (ब्लॉक इवेजन)
  • एकही पन्ना भा चर्चा में कई खाता से संपादन कइल
  • योगदान के जाँच (स्क्रूटनी) से बचे खातिर
  • गुमराह करे खातिर लॉग आउट क के संपादन कइल

"अच्छा बेहवार" आ "खराब बेहवार" खाता: एक खाता के इस्तेमाल सकारात्मक योगदान खातिर आ दुसरे के इस्तेमाल बिघटन कारी आ उत्पाती भा अउरी दोसर किसिम के नकारात्मक संपादन खातिर इस्तेमाल कइल

  • रोल खाता के इस्तेमाल (Role account)
  • धोखा देके (डिसेप्टिव तरीका से) सामुदायिक विश्वास के पद (प्रयोगकर्ता अधिकार) के तलाश
  • एक से अधिका प्रबंधक अधिकार वाला खाता के इस्तेमाल कइल
  • अपना के तटस्थ भा असंलग्न (अनइन्वाल्व) टिप्पणीकार के रूप में प्रस्तुत कइल

बैध इस्तेमाल

[संपादन करीं]

बैकल्पिक खाता सभ के कुछ बैध इस्तेमाल हो सके ला। हालाँकि, अइसन खाता के इस्तेमाल के पूरा जिमेदारी आपके बा कि आ एकर इस्तेमाल एह नीति के उलंघन करे वाला अबैध तरीका से ना करीं। खाता के बैध इस्तेमाल खातिर होखल एह बात से बचाव ना करे ला कि उनहन के एक साथे जोड़ के न देखल जा सके, उनहन के आपसी कनेक्शन जाहिर कइल जा सके ला।

बैध कारन नीचे दिहल बाड़ें:

  • सुरक्षा: पब्लिक कंप्यूटर पर, असुरक्षित नेटवर्क पर भा अउरी कौनों अइसन दसा में जहाँ आपके मुख्य खाता के सुरक्षा टूटे के खतरा होखे। अइसन खाता पब्लिकली एक दुसरे से कनेक्ट कइल जाए के चाहीं आ आसानी से चीन्हल जाये जोग होखे के चाहीं।
  • प्राइवेसी: कौनों मंडली में अगर कौनों बिसय बिबादास्पद होखे आ ओह मंडली के राउर मुख्य खाता के बारे में जानकारी होखे। प्राइवेसी खातिर बनावल अइसन खाता राउर मुख्य खाता से पब्लिकली कनेक्ट कइल ना हो सके ला, एकर इस्तेमाल अनुचित इस्तेमाल खातिर ना कइल जाए के चाहीं।
  • डॉपलेगैंगर खाता: अगर आप अपना मुख्य खाता से मिलत जुलत नाम वाला खाता एह खातिर बनावत बानी कि ओकर इस्तेमाल केहू दूसर क के राउर द्वारा संपादन करे के भरम न पैदा क सके। अइसन खाता के ((doppelganger)) द्वारा टैग क के कनेक्शन घोषित कइल जाये के चाहीं।
    • दूसर साथी प्रोजेक्ट के संपादन करे खातिर भा दुसरे भाषा के प्रोजेक्ट के संपादन खातिर छद्मनाँव से बनावल खाता। अइसन खाता के ((User Alias)) से टैग कइल जाए के चाहीं।
  • नाया नाँव से दोबारा साफसुथरा सुरुआत (क्लीन स्टार्ट)
  • प्रयोगकर्तानाँव नीति के उलंघन: अगर आपके खाता पर एह कारन कमजोर रोक (सॉफ्ट-ब्लॉक) लगावल गइल होखे आ रोक के ईहे एकलौता कारन होखे आप के नाया खाता उचित प्रयोगकर्तानाँव से बनावे के इजाजत बाटे।
  • अगर खाता संकटग्रस्त (कंप्रोमाइज) हो गइल होखे: आप खाता के पासवर्ड भुला गइल होखी चाहे अइसन बुझाय कि दूसर केहू ओह खाता के इस्तेमाल क रहल बाटे। अइसन दसा में दुनों खाता के प्रयोगकर्ता पन्ना पर नोट लिखल जाए के चाहीं कि ऊ एकही ब्यक्ति के हवें। जरूरत पड़े पर अइसन संकटग्रस्त खाता के ब्लॉक करवावे खातिर प्रबंधक से अनुरोध कइल जा सके ला।
  • तकनीकी कारन:
    • रखरखाव (मेंटेनेंस): वाला काम करे खातिर दूसर खाता रखल जा सके ला जवना से कि अइसन काम सभ भर खातिर अलगा से वार्तालाप पन्ना खाली ओही कामन खातिर इस्तेमाल होखे। अइसन खाता मुख्य खाता से साफ़ तरीका से जुड़ल होखे के चाहीं।
    • बॉट खाता: बहुत छोट भा एकही नियर भारी संख्या में संपादन करे खातिर बॉट खाता बनावे के सलाह दिहल जाला। अइसन बॉट खाता खातिर परमीशन लिहल जरूरी होला आ ई खाता मुख्य खाता (बॉट संचालक) से साफ़ तरीका से जुड़ल होखे के चाहीं।
    • टेस्टिंग आ ट्रेनिंग: उदाहरन खातिर केहू प्रबंधक ई देखल चाहे कि आम बिना प्रबंधक अधिकार वाला प्रयोगकर्ता के कौनों स्क्रिप्ट भा औजार इस्तेमाल करे में का समस्या भा परिणाम आ रहल बा। चाहे कुछ लोग जे विकिपीडिया पर दुसरे लोगन के संपादन करे के ट्रेनिंग आ शिक्षा देवे ला एह मकसद से अलग खाता बना सके ला। अइसन खाता मुख्य खाता से साफ़ तरीका से जुड़ल होखे के चाहीं।
    • टू-फैक्टर ऑथेंटिकेशन वाला प्रयोगकर्ता: लोग कुछ दसा में अपना मुख्य खाता से लॉग इन करे में सक्षम ना होला। अइसन लोग दूसर बैकल्पिक खाता बना सके ला। अइसन खाता मुख्य खाता से साफ़ तरीका से जुड़ल होखे के चाहीं।
  • पद वाला भूमिका खातिर: कुछ प्रयोगकर्ता लोग के विकिमीडिया फाउंडेशन के काम करे खातिर अलगा से खाता बनावे के जरूरत होखे पर। खाता मुख्य खाता से जुड़ल होखे के चाहीं आ कौनों किसिम के धोखाधड़ी ना होखे के चाहीं। अइसन भूमिका के अवधि के खतम होखे के बाद ओह खाता के इस्तेमाल ना होखे के चाहीं।
  • शिक्षा: शिक्षा देवे वाला आ बिद्यार्थी लोगन के असाइनमेंट मैनेज करे आ इनहन में भाग लेवे खातिर अलगा से खाता बनावे के सलाह दिहल जाला। अइसन खाता सभ के इस्तेमाल बिद्यार्थी आ क्लास के काम से सीधा तौर पर संबंधित चीजन भर खातिर होखे के चाहीं।

बैकल्पिक खाता हमेशा मुख्य खाता आ बैकल्पिक खाता के प्रयोगकर्ता पन्ना पर जुड़ल चिन्हित होखे के चाहीं, जबले कि एकरा से बैकल्पिक खाता बनावे के मकसद न निरस्त हो रहल होखे। एकरा खातिर ((User alternative account)) के चाहे प्रयोगकर्ता बक्सा के इस्तेमाल कइल जा सके ला।

मीटपपेटरी

[संपादन करीं]

विकिपीडिया पर आवे आ बहस में राउर पक्ष के समर्थन करे के मकसद से अपना दोस्तन, परिवार के सदस्यन भा रउरा से सहमत लोग के समुदाय के भर्ती मत करीं। अगर रउआँ के लागत बा कि कवनो बहस रउआँ के आवाज के अनदेखी कर रहल बा, सिविल रहीं, आ अउरी विकिपीडिया लोग से टिप्पणी लीं या बिबाद के समाधान के काम करीं।

हालाँकि, विकिपीडिया अच्छा नीयत मान के चले ला, खासतौर पर नया प्रयोगकर्ता लोग खातिर, विकिपीडिया पर नया खाता भा प्रयोगकर्ता लोग के सक्रिय रूप से भर्ती कइल, या विकिपीडिया पर फैसला के प्रभावित करे खातिर खाता बनावे खातिर भा गुमनाम रूप से संपादन करे खातिर लोग के भर्ती कइल (या त विकि पर या फिर विकी से बाहर) पर रोक लगावल गइल बा। नया प्रयोगकर्ता जे एकही संदर्भ में दुसरा प्रयोगकर्ता के समान व्यवहार करे ला, आ जे खाली ओही मकसद खातिर विकिपीडिया के संपादन करत लउके ला, ओह प्रयोगकर्ता पर लागू उपाय/उपचार के अधीन हो सके ला जेकरे बेहवार में ऊ लोग जुड़ रहल बा।

आइपी पता साझा कइल

[संपादन करीं]

अगर दू गो भा एक से ढेर रजिस्टर्ड संपादक लोग एकही कंप्यूटर भा नेटवर्क कनेक्शन के इस्तेमाल करे ला, इनहन लोगन के खाता के कौनों चेकयूजर द्वारा आपस में लिंक कइल जा सके ला। एह स्थिति में मौजूद संपादक लोग के सलाह दिहल जाला कि ऊ लोग अपना यूजर पेज पर अइसन कनेक्शन घोषित कर देव जेहसे कि सॉकपपेटरी के आरोप ना लागे। एकरा खातिर यूजरबॉक्स उपलब्ध बाड़ें; देखीं ((User shared IP address))

कठपुतरी के शंका होखे पर का कइल जाय

[संपादन करीं]

अगर कौनो खाता सभ पर कठपुतरी होखे के मजिगर लच्छन देखलाई पड़त होखें आ एह नीति के उलंघन होत बुझात होखे तब एकरा खातिर जाँच करावल जा सके ला। भोजपुरी विकिपीडिया पर लोकल रूप से चेकयूजर के सुबिधा अबहिन उपलब्ध ना बाटे आ ई जाँच मेटा पर होखे ला जेकरा खातिर ओहिजे अनुरोध करे के होला। मजिगर लच्छन होखे पर प्रबंधक लोग खुद एह बात के संज्ञान में ले के जाँच खातिर मेटा पर अनुरोध ले जा सके ला। अउरी बाकी दसा में केहुओ संपादक नीचे दिहल बात के धियान में रख के अइसन अनुरोध क सके ला।

अइसन अनुरोध करे खातिर:

  • मजिगर आ भरपूर कारन होखे के चाहीं, खाली शंका के आधार पर ई ना कइल जाए के चाहीं। अनुरोध करत समय अइसन लच्छन आ संपादन बेहवार के अंतर के कड़ी दिहल जाये के चाहीं।
  • सीधे मेटा पर जाँच के अनुरोध ले जाये के बजाय पहिले प्रबंधक सूचनापट पर एकरा खातिर अनुरोध कइल जाए के चाहीं।
  • लोकल प्रबंधक द्वारा अइसन अनुरोध निरस्त क दिहल जाए चाहे लोकल प्रबंधक के उपलब्ध न होखे के दसा में जाँच खाती आम सहमती बनावल जाये के चाहीं आ अइसन सहमती के कड़ी मेटा पर प्रस्तुत कइल जाये के चाहीं (सहमती खातिर ई चर्चा प्रबंधक सूचनापट पर कइल जाये के चाहीं आ समुदाय के भागीदारी खातिर चौपाल पर एह चर्चा में सामिल होखे खातिर सूचना दिहल जा सके ला)। प्रबंधक के उपलब्धता के इंतजार आ आम सहमती के समय मोटा-मोटी एक हप्ता के मानल जाय।

कुछ अउरी बात धियान देवे लायक बा:

  • अइसन अनुरोध खाली केहू के बदनाम करे, केहू पर आरोप लगावे भा दबाव बनावे के नीयत से ना कइल जाये के चाहीं।
  • बिना जाँच के केहू के खाता पर कठपुतरी होखे के घोषणा कइल, केहू के कठपुतरी मान के बेहवार कइल भा कठपुतरी बोलावल गंभीर आरोप हवे आ एकरा के दुर्वयवहार में गिनल जाला।
  • केहू सदस्य आपन खाता खुद के खाता के चेकयूजर करवावे के कहि सके ला, अगर केहू दूसर संपादक प्रॉक्सी संपादन क के ओह सदस्य के कठपुतरी होखे के धोखा दे रहल होखे आ बदनाम करे के कोसिस क रहल होखे।
  • केहू से एह जाँच के खुद के खाता खातिर एह आधार पर करवावे के ना कहल जा सके ला कि ओकरा खाता पर कठपुतरी होखे के संदेह बा आ ऊ खुद अइसन जाँच करा के अपना के पाक-साफ साबित करे।
  • लोकल सहमति के प्रक्रिया भा लोकल प्रबंधकीय निर्णय के ना मान के (डक क के) अइसन अनुरोध मेटा पर ना ले जाइल जाये के चाहीं।

कठपुतरी साबित होखे पर

[संपादन करीं]

जाँच में कठपुतरी साबित होखे पर, आ एह नीति के उलंघन होखे पर, प्रबंधक लोग द्वारा अइसन सगरी संबंधित खाता सभ के अनिश्चितकाल खातिर ब्लॉक क दिहल जाई। बिना लोकल रूप से अनुरोध भा सहमती के, अगर मेटा पर भा कौनों अउरी दूसर साथी प्रोजेक्ट पर भी अगर चेकयूजर जाँच कइल गइल होखे आ कठपुतरी साबित भइल होखे, एह लोकल नीति के उलंघन होखे पर अइसनो जाँच के आधार बना के ब्लॉक लगावे के कार्रवाई कइल जा सके ला।

प्रबंधक लोग के चाहीं कि अइसन खाता सभ के ब्लॉक करे के बाद खाता सभ के प्रयोगकर्ता पन्ना आ वार्तालाप पन्ना पर उचित टैग लगा दे। देखल जाय: अंगरेजी विकिपीडिया पर तरीका

{{bottomLinkPreText}} {{bottomLinkText}}
विकिपीडिया:कठपुतरी नीति
Listen to this article

This browser is not supported by Wikiwand :(
Wikiwand requires a browser with modern capabilities in order to provide you with the best reading experience.
Please download and use one of the following browsers:

This article was just edited, click to reload
This article has been deleted on Wikipedia (Why?)

Back to homepage

Please click Add in the dialog above
Please click Allow in the top-left corner,
then click Install Now in the dialog
Please click Open in the download dialog,
then click Install
Please click the "Downloads" icon in the Safari toolbar, open the first download in the list,
then click Install
{{::$root.activation.text}}

Install Wikiwand

Install on Chrome Install on Firefox
Don't forget to rate us

Tell your friends about Wikiwand!

Gmail Facebook Twitter Link

Enjoying Wikiwand?

Tell your friends and spread the love:
Share on Gmail Share on Facebook Share on Twitter Share on Buffer

Our magic isn't perfect

You can help our automatic cover photo selection by reporting an unsuitable photo.

This photo is visually disturbing This photo is not a good choice

Thank you for helping!


Your input will affect cover photo selection, along with input from other users.

X

Get ready for Wikiwand 2.0 🎉! the new version arrives on September 1st! Don't want to wait?