For faster navigation, this Iframe is preloading the Wikiwand page for मौस्माई झरना.

मौस्माई झरना

Nohsngithiang Falls
Nohsngithiang or Seven Sisters Water Falls
मौस्माई झरना is located in Meghalaya
मौस्माई झरना
Locationपूर्ब खासी पहाड़ी जिला, मेघालय, भारत
Coordinates25°14′40″N 91°44′21″E / 25.2443082°N 91.73907249°E / 25.2443082; 91.73907249
TypeSegmented
Total height315 मीटर (1,033 फीट)
Number of drops1
Average width70 मीटर (230 फीट)

मौस्माई झरना (Mawsmai Falls), जेकरा के सेवेन सिस्टर्स झरना (Seven Sisters Falls) आ नोहशंगथियांग (Nohsngithiang Falls) के नाँव से जानल जाला, भारत के मेघालय राज्य के पूर्ब खासी जिला में एगो झरना बाटे। शिलांग से चेरापूँजी जाये के रस्ता में ई झरना मौस्माई गाँव के नगीचे पड़े ला। झरना के ऊँचाई 315 मीटर (1,033 फीट) बाटे आ एकर चौड़ाई लगभग 70 मीटर (230 फीट) बा।[1] एह तरीका से ई भारत के कुछ सभसे ऊँच झरना सभ में से एक बाटे।

ई झरना खासी पहाड़ी पर बाटे। खासी पहाड़ी के चूनापाथर (लाइमस्टोन) के चट्टानी कगार से बरसाती पानी के गिरे से ई झरना बने ला। दिन के समय सुरुज के चमकदार रोशनी में आ साँझ बेर के डूबत सुरुज के रोशनी पड़े पर ई बहुत सुंदर आ रंगीन देखलाई पड़े ला।

एह झरना के मौस्माई नाँव लगहीं के एगो गाँव के नाँव पर पड़ल हवे।

एकरे अलावा एह झरना के अंग्रेजी नाँव सेवेन सिस्टर्स हवे। ई नाँव एह झरना के सात गो धारा में बहे के कारण रखल गइल हवे। हालाँकि, सेवेन सिस्टर्स नाँव के अउरी कई गो झरना बाड़ें जिनहना से अलगा बूझे खातिर जगह के नाँव बतावे के पड़े ला। एगो सेवेन सिस्टर्स झरना सिक्किम में बाटे। जबकि एही नाँव के सभसे परसिद्ध झरना नार्वे में बाटे। एही तरह से पेरू देस में थ्री सिस्टर्स झरना बा जे तीन धारा में बहे ला आ दुनिया के कुछ सभसे ऊँच झरना सभ में ए एक हवे।

अंग्रेजी में चलनसार दुसरका नाँव नोहशंगथियांग (Nohsngithiang) एकरे लोकल पूरा नाँव Kshaid Noh Sngi-thiang के कुछ बिगड़ल रूप हवे।[2]

Seven sisters falls Mawsmai Cherrapunjee
नगीचे लिहल तस्वीर

झरना के भूगोलीय लोकेशन 25°14′40″N 91°44′21″E / 25.2443082°N 91.73907249°E / 25.2443082; 91.73907249 पर बाटे। देस के बिभाग अनुसार देखल जाय तब ई भारत के मेघालय राज्य में पूर्ब खासी पहाड़ी जिला में पड़े ला।

गारो, खासी आ जयंतिया तीनों पहाड़ी मेघालय पठार के पहाड़ी हईं आ इनहन तीनों पर झरना पावल जालें। मेघालय पठार के दक्खिनी किनारा खड़ा कगार के रूप में हवे जेकर मुँह बांग्लादेस के ओर हवे। इहाँ चूनापाथर के चट्टान पावल जालीं। खासी पहाड़ी पर अइसने चूनापाथर (लाइमस्टोन) के कगार पर ई झरना बाटे जे बरसात के पानी से बने ला।

एकरे आसपास अउरी कई गो झरना बाड़ें। भारत के सभसे ऊँच सिंगल ड्राप झरना मानल जाए वाला नोहकलिकाई एहिजा से थोरिके दूरी पर बा।

  1. "Mawsmai Falls, India - World Waterfall Database". www.worldwaterfalldatabase.com (अंग्रेजी में). Retrieved 4 जनवरी 2021.
  2. Rekha M. Shangpliang (2010). Forest in the Life of the Khasis. Concept Publishing Company. pp. 6–. ISBN 978-81-8069-667-1.
{{bottomLinkPreText}} {{bottomLinkText}}
मौस्माई झरना
Listen to this article

This browser is not supported by Wikiwand :(
Wikiwand requires a browser with modern capabilities in order to provide you with the best reading experience.
Please download and use one of the following browsers:

This article was just edited, click to reload
This article has been deleted on Wikipedia (Why?)

Back to homepage

Please click Add in the dialog above
Please click Allow in the top-left corner,
then click Install Now in the dialog
Please click Open in the download dialog,
then click Install
Please click the "Downloads" icon in the Safari toolbar, open the first download in the list,
then click Install
{{::$root.activation.text}}

Install Wikiwand

Install on Chrome Install on Firefox
Don't forget to rate us

Tell your friends about Wikiwand!

Gmail Facebook Twitter Link

Enjoying Wikiwand?

Tell your friends and spread the love:
Share on Gmail Share on Facebook Share on Twitter Share on Buffer

Our magic isn't perfect

You can help our automatic cover photo selection by reporting an unsuitable photo.

This photo is visually disturbing This photo is not a good choice

Thank you for helping!


Your input will affect cover photo selection, along with input from other users.

X

Get ready for Wikiwand 2.0 🎉! the new version arrives on September 1st! Don't want to wait?