For faster navigation, this Iframe is preloading the Wikiwand page for बलियाँ.

बलियाँ

बलियाँ
बलियाँ is located in Uttar Pradesh
बलियाँ
बलियाँ
उत्तर प्रदेश में बलियाँ के लोकेशन
बलियाँ is located in India
बलियाँ
बलियाँ
बलियाँ (India)
Coordinates: 25°45′37″N 84°08′49″E / 25.760392°N 84.147055°E / 25.760392; 84.147055निर्देशांक: 25°45′37″N 84°08′49″E / 25.760392°N 84.147055°E / 25.760392; 84.147055
देस भारत
राज्यउत्तर प्रदेश
जिलाबलियाँ
क्षेत्रपूर्वांचल
Population
 (2011)[1]
 • Total104,424
भाषा
 • ऑफिशियलहिंदी[2]
 • अउरी ऑफिशियलउर्दू[2]
 • लोकलभोजपुरी
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
277801
टेलीफोन कोड05498
Vehicle registrationUP-60
Websiteballia.nic.in

बलियाँ (अंग्रेजी: Ballia; हिंदी: बलिया) भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में एक ठो नगरपालिका वाला शहर बा। ई बलियाँ जिला के मुख्यालय हवे; बलियाँ जिला उत्तर प्रदेश के सबसे पूर्बी जिला ह जेकरा पच्छिम में मऊ, आ उत्तर दिसा में देवरिया आ दक्खिन में गाजीपुर जिला बाड़ें; जिला के दक्खिनी सीमा बिहार राज्य से सझिया बाटे। बलियाँ शहर गंगा नदी के बायें आ उत्तरी तीरे पर बसल शहर हवे। कुछे दूर पूरुब में गंगा आ सरजू नदिन के संगम होखे ला। शहर उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ से करीबन 380 किमी (240 मील) किलोमीटर पूरुब आ बनारस से 140 किमी (87 मील) उत्तर पूरुब बाटे। बिहार के राजधानी पटना एहिजा से करीबन 140 किमी (87 मील) पूरुब ओर बाटे।

बलियाँ के सटले सुरहा ताल बाटे जहाँ जयप्रकाश नारायण चिरई बिहार बा। शिक्षा खातिर सतीश चन्द्र कॉलेज आ टाउन डिग्री कॉलेज बाड़ें आ हाले में खुलल जननायक चंद्रशेखर राज्य इन्वर्सिटी बाटे। सालाना लागे वाला ददरी मेला एहिजा के प्रमुख आकर्षण हवे आ सटले भिरगू बाबा के कुटी परसिद्ध धार्मिक अस्थान हवे।

बलियाँ में आम बोलचाल के खातिर भोजपुरी बोली बोलल जाला। बलियाँ के कुछ चर्चित लोग मंगल पांडे, चित्तू पांडे, चंद्रशेखर (भारत के नौवां प्रधान मंत्री), जनेश्वर मिश्र (छोटे लोहिया) आदि रहल बा। एहिजा के लोगन के लड़ाकू सोभाव के चलते आ 1942 के आंदोलन में राष्ट्रीय सरकार बनावे के चलते ई "बागी बलियाँ" के नाँव से परसिद्ध हवे।[3]

बलियाँ एकर भोजपुरी में चलनसार नाँव हवे जे एहिजा के लोकल भाषा हवा। ऑफिशियल हिंदी भाषा में एकरा के बलिया लिखल जाला आ अंग्रेजी में Ballia लिखल जाला। स्थानीय लोग के मुताबिक बलिया नाम रामायण के रचयिता वाल्मीकि ऋषि के नाम से बनल रहे। वाल्मीकि एक समय इहाँ निवास कइले रहलें, आ एह जगह के उनुका यादगार में एगो तीर्थ में एगो तीरथ रहल (हालांकि ई बहुत पहिले से बह गइल बा)।

एह नाँव के उत्पत्ती के बारे में एगो अउरी बिस्वास ई बा कि ई माटी के रेतीला गुणवत्ता के संदर्भ देला, जेकरा के स्थानीय रूप से "बलुआ" (बालू मने रेत) से निकलल हवे।[4]

बलियाँ प्राचीन काल में कोसल राज के हिस्सा रहल। बाद में ई बौद्ध परभाव में आइल।

आजादी के आंदोलन में

[संपादन करीं]

भारत के आजादी के आंदोलन में बलियाँ के नाँव महत्त्व के बाटे। जिला के मंगल पांडे पहिला बिद्रोह के नायक रहलें। 1942 के भारत छोड़ो आंदोलन में चित्तू पांडे के अगुआई में एहिजा 19 अगस्त 1942 के रास्ट्रीय सरकार अस्थापित भइल।

भूगोलीय हिसाब से बलियाँ मध्य गंगा मैदान में पड़े ला। गंगा नदी के बाएँ तीरे पर ई शहर आबाद बाटे।

बलिया जिला उत्तर प्रदेश राज्य के सभसे पूरबी हिस्सा हवे आ एकर सीमा बिहार राज्य से सटल बाटे। एह में गंगा आ सरजू के संगम से पच्छिम ओर बिस्तार लिहले एगो अनियमित त्रिभुज के आकार के इलाका सामिल बा, गंगा नदी एकरा के दक्खिन में बिहार से आ सरजू से उत्तर आ पूरब में देवरिया आ बिहार से अलग करे ला। बलिया आ बिहार के सीमा एह दुनु नदी के गहिराह धार से तय होला। एह जिला सीमा पच्छिम में मऊ, उत्तर में देवरिया, उत्तर-पूरुब आ दक्खिन-पूरुब में बिहार आ दक्खिन-पच्छिम में गाजीपुर बा। ई जिला 25°33' आ 26°11' उत्तरी अक्षांश आ 83°38' आ 84°39' पूरबी देशांतर के समानांतर सभ के बीच में पड़े ला। बलिया भारत के सबसे कम जंगल वाला जिला में गिनल जाला।

शहर के आम ढाल उत्तर पच्छिम से दक्खिन-पूरुब ओर के बाटे। पच्छिम ओर सुरहा ताल बाटे जे एगो छोटहन झील हवे। एह झील के उतपत्ती के बारेमें बिबाद बा कि ई गंगाजी के छाड़न झील हवे, उल्का गिरे से बनल हवे भा खानवावल झील हवे। एही झील से निकल के कटहर नाला गंगाजी में गिरे ला।

कोपेन के जलवायु वर्गीकरण के हिसाब से बलियाँ Cwa किसिम के जलवायु वाला इलाका में पड़े ला जे नम उपोष्ण कटिबंधी जलवायु हवे। गर्मी के सीजन अपरैल से जून ले होखे ला जेह में मई में सभसे बेसी तापमान होखे ला। मई जून में एहिजे गरम पछुआ हवा चले ला जेकरा के लूहि कहल जाला। बिचला जून से सितंबर ले बरसात के सीजन होला। सभसे बेसी बरखा अगस्त आ सितंबर महीना में होखे ला। अक्टूबर से नवंबर ले मौसम सुहावन होला आ शरद रितु रहे ले। नवंबर अंत से जाड़ा के सुरुआत हो जाला आ जनवरी सभसे ठंढा महीना होखे ला। एह समय शीत लहरी चले ला आ चक्रवाती बरखा भी होला। फरवरी मार्च के मौसम सुहावन होखे ला।

Ballia (1981–2010, extremes 1956–2012) खातिर जलवायु आँकड़ा
महीना जन फर मार्च अप्रै मई जून जुला अग सित अक्टू नवं दिस सालभर
रिकार्ड अधिकतम °C (°F) 29.0
(84.2)
35.9
(96.6)
42.1
(107.8)
46.5
(115.7)
48.0
(118.4)
47.5
(117.5)
43.0
(109.4)
39.4
(102.9)
37.9
(100.2)
38.1
(100.6)
36.4
(97.5)
34.0
(93.2)
48.0
(118.4)
औसत अधिकतम °C (°F) 20.5
(68.9)
25.3
(77.5)
31.5
(88.7)
37.0
(98.6)
38.5
(101.3)
36.6
(97.9)
33.3
(91.9)
33.0
(91.4)
32.5
(90.5)
31.6
(88.9)
28.6
(83.5)
23.5
(74.3)
31.0
(87.8)
औसत कम °C (°F) 7.1
(44.8)
10.3
(50.5)
15.2
(59.4)
20.8
(69.4)
24.6
(76.3)
26.0
(78.8)
25.6
(78.1)
25.6
(78.1)
24.9
(76.8)
21.2
(70.2)
14.9
(58.8)
9.1
(48.4)
18.8
(65.8)
रिकार्ड सबसे कम °C (°F) 1.0
(33.8)
0.0
(32)
5.0
(41)
10.8
(51.4)
15.7
(60.3)
16.3
(61.3)
16.4
(61.5)
17.6
(63.7)
17.0
(62.6)
10.4
(50.7)
5.8
(42.4)
1.4
(34.5)
0.0
(32)
औसत बरखा मिमी (इंच) 4.8
(0.189)
7.3
(0.287)
1.0
(0.039)
6.8
(0.268)
18.1
(0.713)
93.8
(3.693)
184.2
(7.252)
178.9
(7.043)
149.8
(5.898)
31.8
(1.252)
6.2
(0.244)
1.7
(0.067)
684.3
(26.941)
औसत बरखा वाला दिन 0.6 0.6 0.2 0.6 1.3 3.9 8.4 7.7 5.8 1.0 0.5 0.2 30.7
Avg. relative humidity (%) (at 17:30 आइएसटी) 71 64 54 42 48 61 77 80 80 74 68 73 66
Source: India Meteorological Department[5][6]

1901 में बलियाँ के जनसंख्या 15,278 रहल।[7] 2001 के भारतीय जनगणना के मोताबिक[8] बलियाँ के जनसंख्या 1,02,226 बाटे। आबादी के 54 % पुरुष आ महिला 46 % रहल। बलियाँ के औसत साक्षरता दर 65 % रहल, जवन राष्ट्रीय औसत 59.5 % से ढेर रहल, 58 % पुरुष आ 42 % महिला साक्षर रहली। 11 % आबादी के उमिर छह साल से कम रहे।

साल 2011 के भारतीय जनगणना के हिसाब से बलियाँ के कुल जनसंख्या 1,04,424 बाटे जेह में से 55,459 लोग मरदाना आ 48,965 लोग मेहरारू बाटे आ प्रति 1000 पुरुष पर लिंगानुपात 883 मेहरारू बाटे। 0 से 6 साल के उमिर समूह के भीतर के आबादी 11,623 रहल। बलियाँ में कुल साक्षर लोग के संख्या 77,331 रहल, जवन आबादी के 74.1 % रहल आ पुरुष साक्षरता 78.0 % आ महिला साक्षरता 69.5 % रहल। बलियाँ के 7+ आबादी के प्रभावी साक्षरता दर 83.3 % रहे, जवना में से पुरुष साक्षरता दर 88.0 % आ महिला साक्षरता दर 78.0 % रहे। अनुसूचित जाति आ अनुसूचित जनजाति के जनसंख्या क्रमशः 8,703 आ 3,942 रहल। बलियाँ में 2011 में 15,772 घर रहे।[1]

बलिया रेलवे स्टेशन
बलियाँ रेलवे टीशन

बलियाँ रेलवे इस्टेशन पर रोजाना 2 गो राजधानी एक्सप्रेस समेत कई गो ट्रेन के आवागामन होला। भारत के प्रमुख शहर जइसे कि दिल्ली, मुंबई, कोलकाता के संगे-संगे लखनऊ, कानपुर, अलीगढ़, आगरा, वाराणसी अउरी इलाहाबाद तक कई गोट्रेन के माध्यम से ट्रेन के संपर्क उपलब्ध बा।

बलिया राज्य के राजधानी लखनऊ आ बनारस, गोरखपुर, कानपुर, आगरा, वाराणसी आ इलाहाबाद शहरन से सड़क से बढ़िया से जुड़ल बा। राज्य सरकार के बस निगम यूपीएसआरटीसी प्राथमिक सड़क परिवहन माध्यम ह।

इन्वर्सिटी आ कॉलेज

[संपादन करीं]

जननायक चंद्रशेखर विश्वविद्यालय, बलिया एगो राज्य विश्वविद्यालय हवे जेकर स्थापना उत्तर प्रदेश सरकार द्वारा 2016 में बलिया, उत्तर प्रदेश में भइल।[9][10]

ई एगो संबद्धता विश्वविद्यालय हवे आ विश्वविद्यालय 2016-17 में बलिया के 122 गो कॉलेज सभ के साथ आपन पहिला सीजन शुरू कइलस। बलिया के ई 122 गो कॉलेज पहिले महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ, वाराणसी से जुड़ल रहलें।[11] शैक्षणिक वर्ष 2016-17 खातिर महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ, वाराणसी के ओर से परीक्षा भइल लेकिन छात्र के जननायक चंद्रशेखर विश्वविद्यालय, बलिया के डिग्री दिहल गइल।[12][13]

  • केंद्रीय विद्यालय, बलिया
  • जवाहर नवोदय विद्यालय, बलिया[14]

खेलकूद के बढ़ावा देवेखातिर एहिजा वीर लोरिक इस्टेडियम बाटे।[15][16]

देखे जोग

[संपादन करीं]

सुरहा ताल

[संपादन करीं]

भिरगू आश्रम

[संपादन करीं]

महर्षि भृगु के आश्रम जेकरा वर्तमान में भृगु मंदिर भा भिर्गू बाबा के कुटी के रूप में जानल जाला एहिजे बाटे।[17]

ददरी मेला

[संपादन करीं]

दादरी मेला भारत के दुसरा सभसे बड़ पशु मेला हवे जे बलिया शहर के लगे लागे ला। मेला के सुरुआत एह से होला कार्तिक पूर्णिमा (अक्टूबर–नवंबर) के पूर्णिमा पर में नहान से। महर्षि भृगु के शिष्य दर्दर मुनि के सम्मान में ई मेला हर साल मनावल जाला।[18][19]

एक महीना के एह मेला के आयोजन दू चरण में होला। पहिला चरण कातिक महीना के पुर्नवासी के शुरू होखे से दस दिन पहिले शुरू होखेला, जवना के दौरान व्यापारी लोग पूरा भारत से कुछ बेहतरीन नस्ल के मवेशी के बिक्री/खरीद खाती ले आवेला। कातिक महीना के पुर्नवासी पर भा ओकरा बाद तरह तरह के सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन होला आ अगिला पखवाड़ा का दौरान एहिजा बड़हन संख्या में किसिम-किसिम के सामान के अस्थायी दुकान मिल सकेला।[18][19]

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. 1.0 1.1 "Census of India: Ballia". www.censusindia.gov.in. Retrieved 17 November 2019.
  2. 2.0 2.1 "52nd Report of the Commissioner for Linguistic Minorities in India" (PDF). nclm.nic.in. Ministry of Minority Affairs. Archived from the original (PDF) on 25 May 2017. Retrieved 21 December 2018.
  3. व्यास, सत्य (2019). बाग़ी बलियाँ (हिंदी में). Hinda Yugma. ISBN 978-93-87464-70-4.
  4. "District Profile". Archived from the original on 21 July 2011. Retrieved 26 September 2009.
  5. "Station: Ballia Climatological Table 1981–2010" (PDF). Climatological Normals 1981–2010. India Meteorological Department. January 2015. pp. 73–74. Archived from the original (PDF) on 5 February 2020. Retrieved 6 May 2020.
  6. "Extremes of Temperature & Rainfall for Indian Stations (Up to 2012)" (PDF). India Meteorological Department. December 2016. p. M212. Archived from the original (PDF) on 5 February 2020. Retrieved 6 May 2020.
  7. Chisholm, Hugh, ed. (1911). "Ballia" . एन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका (अंग्रेजी में). Vol. 3 (11वाँ ed.). कैंब्रिज युनिवर्सिटी प्रेस. p. 270.
  8. "Census of India 2001: Data from the 2001 Census, including cities, villages and towns (Provisional)". Census Commission of India. Archived from the original on 16 June 2004. Retrieved 1 November 2008.
  9. "Raj Bhavan Uttar Pradesh- List of State Universities". upgovernor.nic.in. Raj Bhavan Uttar Pradesh. Archived from the original on 7 April 2018.
  10. "विद्यापीठ से अलग होंगे बलिया के 122 कॉलेज". inextlive (हिंदी में). 24 December 2016. Retrieved 2 February 2021.
  11. "बलिया के 122 कालेज अलग होने से विद्यापीठ को करोड़ों का घाटा". Dainik Jagran (हिंदी में). 19 March 2017. Retrieved 2 February 2021.
  12. "काशी विद्यापीठ कराएगा परीक्षा लेकिन डिग्री देगा बलिया विवि,क्यों?". Amar Ujala (हिंदी में). 7 March 2017. Retrieved 2 February 2021.
  13. "विद्यापीठ ही कराएगा बलिया के 122 कालेजों की परीक्षा". Dainik Jagran (हिंदी में). 18 February 2017. Retrieved 2 February 2021.
  14. "Jawahar Navodaya Vidyalaya, Ballia, Ballia: Admission, Fee, Facilities, Affiliation". school.careers360.com (अंग्रेजी में). Retrieved 21 February 2022.
  15. "सवा छह करोड़ में बदलेगी वीर लोरिक स्टेडियम की तस्वीर". Hindustan (हिंदी में).
  16. "नए कलेवर में दिखेगा बलिया का वीर लोरिक स्टेडियम". Dainik Jagran (हिंदी में).
  17. "और भव्य बनेगा ऐतिहासिक भृगु मंदिर". Dainik Jagran (हिंदी में). 22 सितंबर 2017. Retrieved 20 जून 2022.
  18. 18.0 18.1 "Dadri Mela, Uttar Pradesh".
  19. 19.0 19.1 "Dadri Mela, Ballia".

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]
{{bottomLinkPreText}} {{bottomLinkText}}
बलियाँ
Listen to this article

This browser is not supported by Wikiwand :(
Wikiwand requires a browser with modern capabilities in order to provide you with the best reading experience.
Please download and use one of the following browsers:

This article was just edited, click to reload
This article has been deleted on Wikipedia (Why?)

Back to homepage

Please click Add in the dialog above
Please click Allow in the top-left corner,
then click Install Now in the dialog
Please click Open in the download dialog,
then click Install
Please click the "Downloads" icon in the Safari toolbar, open the first download in the list,
then click Install
{{::$root.activation.text}}

Install Wikiwand

Install on Chrome Install on Firefox
Don't forget to rate us

Tell your friends about Wikiwand!

Gmail Facebook Twitter Link

Enjoying Wikiwand?

Tell your friends and spread the love:
Share on Gmail Share on Facebook Share on Twitter Share on Buffer

Our magic isn't perfect

You can help our automatic cover photo selection by reporting an unsuitable photo.

This photo is visually disturbing This photo is not a good choice

Thank you for helping!


Your input will affect cover photo selection, along with input from other users.

X

Get ready for Wikiwand 2.0 🎉! the new version arrives on September 1st! Don't want to wait?