फोटोग्रामेट्री
फोटोग्रामेट्री चाहे फोटोग्रामीट्री (अंग्रेजी: photogrammetry) अइसन कला, बिज्ञान आ तकनीक हवे जेह में धरती के सतह के लिहल हवाई फोटो सभ से मदद से बिबिध किसिम के नापजोख कइल जाला, रिजल्ट के नक्शा वगैरह पर रिकार्ड कइल जाला आ भूगोलीय बिस्लेषण खातिर आँकड़ा उपलब्ध करावल जाला। आमतौर पर ई हवाई फोटो सभ के इस्तेमाल करे ला आ एह फोटो सभ में धरती के सतह के बिबिध चीज सभ से रिफ्लेक्ट होखे वाला प्रकाश (चाहे इलेक्ट्रोमैग्नेटिक रेडिएशन) के हवाई जहाज पर लागल कैमरा द्वारा सेंस आ रिकार्ड कइल जाला। सेन्स करे वाला माध्यम फोटोफिल्म भा डिजिटल सेंसर हो सके ला।
फोटोग्रामेट्री में कई तरह के मापन (नापजोख) संभव होला। उदाहरण खाती, दू गो फोटो सभ में कभर होखे वाला सेम एरिया के 3D नक्शा बनावल जा सके ला। ऊँचाई के कारण होखे वाला डिस्प्लेसमेंट (रेलीफ़ डिस्प्लेसमेंट) से कौनों सिंगल फोटो में भी बिल्डिंग वगैरह के ऊँचाई के गणना कइल जा सके ला।
ई रिमोट सेंसिंग के अभिन्न अंग हवे; हवाई फोटोग्राफी के माध्यम से रिकार्ड होखे वाला रिमोट सेंसिंग डेटा के बिस्लेषण आ बिबेचन में फोटोग्रामेट्री के जरूरत पड़े ला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]Text is available under the CC BY-SA 4.0 license; additional terms may apply.
Images, videos and audio are available under their respective licenses.