For faster navigation, this Iframe is preloading the Wikiwand page for गौरइया.

गौरइया

गौरइया
जर्मनी में एगो नर गौरइया
इंग्लैंड में एगो मादा गौरइया
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम: एनिमेलिया
(Animalia)
फाइलम: कार्डेटा
(Chordata)
ऑर्डर (Order): सौरिशिया
सबऑर्डर: थेरोपोडा
क्लास: एव्स
ऑर्डर (Order): पासरिफ़ार्मेस
परिवार: पासरिडाई
जाति (Genus): पासर
प्रजाति: P. domesticus
दूपद नाँव
Passer domesticus
(लिंनायस, 1758)
       मूल निवास
       आदमी द्वारा चहुँपावल

गौरइया (अंग्रेजी: House sparrow, बैज्ञानिक नाँव: Passer domesticus) चिरइन के पासरिडाइ के सभसे प्रमुख चिरई हवे आ दुनिया के ज्यादातर हिस्सा में पावल जाले। छोटी मुकी ई चिरई आमतौर पर 16 सेमी (0.52 फीट) लमहर आ 24–39.5 ग्रा (0.85–1.39 औंस) वजन वाली होले। मादा गौरइया आ बच्चा सभ के रंग पियाराहूँ भूअर आ सलेटी रंग के होला, जबकि नर गौरइया के देह पर ढेर चटकार करिया, सफेद आ भूअर चीन्हा होला आ कंठ में करिया चकत्ता होला। चिरई सभ के जाति पासर में कुल 25 प्रजाति आवे लीं जिनहन में से इहो हवे आ ई यूरोप के ज्यादातर हिस्सा, भूमध्यसागरीय इलाकाएशिया के अधिकांश इलाका सभ के मूल निवासी हवे। जान के भा अनजाने में, ई कई अउरी इलाका सभ में चहुँपावल गइल बा जिनहन में ऑस्ट्रेलिया के कुछ हिस्सा, अफिरका आ दुनो अमेरिका सामिल बाने; एह तरीका से ई दुनिया में सभसे ढेर क्षेत्र-बिस्तार वाली चिरई हवे।

मनुष्य के निवास स्थान से गौरइया के गहिरा जुड़ाव बा आ शहरी आ देहाती दुनो इलाका में ई पावल जाले। भले ई बहुत बिबिधता वाला अलग-अलग क्षेत्र सभ में पावल जात होखे, आमतौर पर अइसन घन जंगल, घास के मैदान आ रेगिस्तान सभ से दूरे रहे ले जहाँ कि मानव बस्ती न होखे। एकर मुख्य भोजन अनाज आ खर-कतवार सभ के बीया हवे हालाँकि, मोका मिले पर ई छोट किरौना आ अउरी कई तरह के चीज भी खा लेले। एकर शिकार करे वाला जीव सभ में बिलारि, बाज (हॉक), उरुआ आन कुछ मैमल सभ बाने।

गौरइया ढेर संख्या, हर जगह मिले के कारण आ मनुष्य के आबादी के साथे जुड़ाव के कारण एह चिरई के सांस्कृतिक महत्व बाटे। कहीं ई खेत खाए वाली चिरई के रूप में देखल जाले, कहीं पालतू के रूप में भी रखल जाले; कहीं एकरा के मार के खाइल जाला आ सेक्सुअल पावर आ कामुकता के साथे एकर संबंध बतावल जाला; कहीं ई बहुत आम चीज के चीन्हा मानल जाले आ कहीं अश्लील चीज (वलगर) के रूप में देखल जाले। भले ई बहुतायत में पावल जाले, कुछ इलाका सभ में एकर संख्या घटल बा। आइयूसीएन के लाल सूची में एकरा के एकदम कम चिंताजनक श्रेणी में रखल गइल बा।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. बर्ड लाइफ इंटरनेशनल (2013). "Passer domesticus". IUCN Red List of Threatened Species. Version 2013.2. International Union for Conservation of Nature. Retrieved 12 मार्च 2014. ((cite web)): Invalid |ref=harv (help)CS1 maint: uses authors parameter (link)
{{bottomLinkPreText}} {{bottomLinkText}}
गौरइया
Listen to this article

This browser is not supported by Wikiwand :(
Wikiwand requires a browser with modern capabilities in order to provide you with the best reading experience.
Please download and use one of the following browsers:

This article was just edited, click to reload
This article has been deleted on Wikipedia (Why?)

Back to homepage

Please click Add in the dialog above
Please click Allow in the top-left corner,
then click Install Now in the dialog
Please click Open in the download dialog,
then click Install
Please click the "Downloads" icon in the Safari toolbar, open the first download in the list,
then click Install
{{::$root.activation.text}}

Install Wikiwand

Install on Chrome Install on Firefox
Don't forget to rate us

Tell your friends about Wikiwand!

Gmail Facebook Twitter Link

Enjoying Wikiwand?

Tell your friends and spread the love:
Share on Gmail Share on Facebook Share on Twitter Share on Buffer

Our magic isn't perfect

You can help our automatic cover photo selection by reporting an unsuitable photo.

This photo is visually disturbing This photo is not a good choice

Thank you for helping!


Your input will affect cover photo selection, along with input from other users.

X

Get ready for Wikiwand 2.0 🎉! the new version arrives on September 1st! Don't want to wait?