For faster navigation, this Iframe is preloading the Wikiwand page for कोलंबो नेशनल म्यूजियम.

कोलंबो नेशनल म्यूजियम

Colombo National Museum
2020 में म्यूजियम के सोझा के साइड के तस्वीर
कोलंबो नेशनल म्यूजियम is located in Greater Colombo
कोलंबो नेशनल म्यूजियम
ग्रेटर कोलंबो में लोकेशन
Established1 जनवरी 1877 (1877-01-01)
Locationकोलंबो, श्री लंका
Coordinates6°54′36″N 79°51′39″E / 6.91000°N 79.86083°E / 6.91000; 79.86083निर्देशांक: 6°54′36″N 79°51′39″E / 6.91000°N 79.86083°E / 6.91000; 79.86083
Founderविलियम हेनरी ग्रेगरी
Websiteऑफिशियल वेबसाइट

कोलंबो नेशनल म्यूजियम (अंग्रेजी: Colombo National Museum; हिंदी: कोलंबो राष्ट्रिय संग्रहालय) जेकरा के श्री लंका नेशनल म्यूजियम के नाँव से भी जानल जाला। श्री लंका के राजधानी आ सबसे प्रमुख नगर कोलंबो में एगो म्यूजियम बा। ई श्री लंका के सबसे बड़हन म्यूजियम हवे। एकर अस्थापना 1877 में भइल आ एकर रखरखाव के जिम्मेदारी नेशनल म्यूजियम डिपार्टमेंट के हवे। एह अजायबघर में श्री लंका खातिर कई गो बिसेस महत्व के चीज रखल बाड़ीं जे एह देस के सांस्कृतिक आ प्राकृतिक विरासत से जुड़ल बाड़ीं।[1][2]

कोलंबो म्यूजियम, जे एकर पहिले नाँव रहल, 1 जनवरी 1877 के अस्थापित भइल। एकर अस्थापना करे वाला सर विलियम हेनरी ग्रेगरी रहलें जे तत्काल समय में सीलोन (श्री लंका) के गवर्नर रहलें। रॉयल एशियाटिक सोसाइटी के एह चीज के गवर्नर के धियान में ले आवे आ श्री लंका में अइसन म्यूजियम के जरूरत के साबित करे में महत्व वाला योगदान रहल। आर्किटेक्ट जेम्स जॉर्ज स्मिदर (1833-1910) एकर प्लान बनवलें, इटैलियन आर्किटेक्चर इस्टाइल में आ एकर निर्माण के काम 1876 में पूरा भइल।

म्यूजियम के राष्ट्रीय दर्जा मिलल 1940 के बाद पी. ई. पी. देरानियागाला के जमाना में। देरानियागाला लंका के पुराजीवबिग्यानी, जीव बिग्यानी आ कलाकार रहलें। जाफना, कैंडी आ रतनपुरा में नेशनल म्यूजियम के ब्रांच खोलल गइल। पूरा तरीका से एह काम खातिर नेशनल म्यूजियम बिभाग के अस्थापना 1942 में अधिनियम (एक्ट) 31 के तहत एकर अस्थापना भइल आ कुल नौ गो ब्रांच म्यूजियम खुलने।

शामिल चीज

[संपादन करीं]

म्यूजियम में शामिल चीजन में तारा के मुर्ती प्रमुख बा जे ब्रिटिश म्यूजियम में रखल तारा के मुर्ती के तीन-चौथाई ऊँचाई के बाटे।[3] कैंडी के राजसिंहासन बाद में एह संग्रह के हिस्सा बनल।

नेशनल म्यूजियम लाइब्रेरी

[संपादन करीं]

कोलंबो नेशनल म्यूजियम लाइब्रेरी के अस्थापनो 1 जनवरी 1877 के भइल जेह में 1870 में अस्थापित गवर्नमेंट ओरिएंटल लाइब्रेरी के शामिल क लिहल गइल। 1885 के बाद से क़ानून के तहत देस में हर छपे वाला डाकुमेंट के एह लाइब्रेरी में लॉग कइल जाला।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  • कोलंबो नेशनल म्यूजियम लाइब्रेरी
  1. "ICTA & National Museum launch Sri Lanka museums mobile app". Lanka Business Online. 15 March 2017. Retrieved 12 October 2017.
  2. Silva, Dhananjani (22 March 2009). "Swords and fire power add to new-look museum". Sunday Times. Retrieved 12 October 2017.
  3. The female as Cult Object in Buddhism Archived 2021-11-10 at the Wayback Machine, Digital Library, retrieved 10 December 2013

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]
{{bottomLinkPreText}} {{bottomLinkText}}
कोलंबो नेशनल म्यूजियम
Listen to this article

This browser is not supported by Wikiwand :(
Wikiwand requires a browser with modern capabilities in order to provide you with the best reading experience.
Please download and use one of the following browsers:

This article was just edited, click to reload
This article has been deleted on Wikipedia (Why?)

Back to homepage

Please click Add in the dialog above
Please click Allow in the top-left corner,
then click Install Now in the dialog
Please click Open in the download dialog,
then click Install
Please click the "Downloads" icon in the Safari toolbar, open the first download in the list,
then click Install
{{::$root.activation.text}}

Install Wikiwand

Install on Chrome Install on Firefox
Don't forget to rate us

Tell your friends about Wikiwand!

Gmail Facebook Twitter Link

Enjoying Wikiwand?

Tell your friends and spread the love:
Share on Gmail Share on Facebook Share on Twitter Share on Buffer

Our magic isn't perfect

You can help our automatic cover photo selection by reporting an unsuitable photo.

This photo is visually disturbing This photo is not a good choice

Thank you for helping!


Your input will affect cover photo selection, along with input from other users.

X

Get ready for Wikiwand 2.0 🎉! the new version arrives on September 1st! Don't want to wait?